Pravin Chaubey 22 Nov 2025 गीत देश-प्रेम #pravinchaubey #shayari #Bhojpurisong #Life #Viral #Viralpost #New #Trending 9316 0 Hindi :: हिंदी
हो .....याद आवेला आ, हो... याद आवेला आ, हो..….. याद आवेला आ हो......
घर वा दूअरबा....गउआ बगीचा.......खेत खलियानवा.....
याद आवेला हो......याद आवेला आ
याद आवेला हो......याद आवेला आ हो.....याद आवेला
ओह माटी के महकत सुगंधवा..
आम के टिकोरवा, पिपरा के छांहवा.....
नदिया किनारवा,लोग पुरनका
गीत मधुर खूब गावेला, हो.....
सब जनियन के याद सतावेला
याद आवेला हो......याद आवेला आ....
याद आवेला हो......याद आवेला आ...
हो .... उ मिट्टी के घर वा दुवरवा
उ खटिया के आराम हो ...
उ बथुआ के साग के साथे मिले
चौरा के लिट्टी सुबह साम हो....
याद आवेला हो......याद आवेला आ....
याद आवेला हो......याद आवेला आ...
उ गउआ के बीच बगीचा जहवा करी रोज विश्राम हो
उ आम वा के पक्कल टिकोरा ,तय करे आपन धाम हो
चरवाहन के भीड़ भी लागे, नाही रहे कौनो काम हो
याद आवेला हो......याद आवेला आ....
याद आवेला हो......याद आवेला आ...
उ खेतवन के बात निराली जहां बीते रोज सुबह,साम हो
उ सुबहन की पहली किरणिया रोज जगावे लेके प्रवीण के नाम हो.......
शहर के भीड़ में मन नहीं लागेल
गवऊआ अभी राह निहारे ...
वो पगला रे..... गवऊआ अबही राह निहारे ...
याद अवेला हो......याद अवेला आ....
याद अवेला हो......याद अवेला आ...
- प्रवीण चौबे
I am the Restuarant Purchase Manager My hobby is writer...